भोजपूरी देवी पचरा गीत_दुर्गा भवानी बलमू

भोजपूरी देवी पचरा गीत_दुर्गा भवानी बलमू।

सजल बाड़े ऊंच परवत पर मंदिर माई दुर्गा भवानी बलमू।
चला चली दर्शन करें करिहें किरीपा माई मेहरबानी बलमू।

देखी के सिंगार माई मन बड़ा हर्षे।
दर्शन खातिर माई हिया मोर तड़पे।
चल के शरणिया माई बनाला तू आपन सुनर जिंदगानी बलमु।
मंदिर माई दुर्गा भवानी बलमू ।

सोनवा के रथवा में सात घोड़ा दौड़ेल।
भैरो भईया झंडा लेई आगे आगे चलेले।
झंडा ऊपरा बैठल बाड़े भक्त हनुमान बीर बलवानी बलमु।
मंदिर माई दुर्गा भवानी बलमू।

सात गो योगीनिया माई चवर डोलावेली।
सकिनीया डकिनीया माई नज़र उतारेली।
आइल नवरातन करे पूजे नौ दिन नौ देवी कल्याणी बलमू।
मंदिर माई दुर्गा भवानी बलमू।

ब्रम्हा विष्णु महेश माई आरती उतारेले।
जब आवे विपदा सब देवी के पुकारेले।
आइल आज मौका चुका जनि करा मत अब नादानी बलमू।
मंदिर माई दुर्गा भवानी बलमु।

गीत 
श्याम कुंवर भारती
बोकारो, झारखंड
मो.9955509286

   3
1 Comments

Mohammed urooj khan

31-Oct-2023 04:08 PM

👌🏾👌🏾👌🏾👌🏾

Reply