भोजपुरी होली गीत _जोगिरा सारा रा रा रा रा रा।

भोजपुरी होली गीत _जोगिरा सारा रा रा रा रा रा।

होलिया से पहिले बनल श्री राम के मंदिरवा अयोध्या ।
पूरा भईल देशवा के साल पांच सौ के तपस्या।
जोगिरा सारा रा रा रा रा जोगीरा सारा रा रा।

बाजे लागल ज्ञानवापी व्यास तहखाना में टन टन घंटी हो टन टन घंटी।
पूजा पाठ शुरू भईल लागे लागल शिव जी भोग भंग बूटी हो भोग भंग बूटी।
जोगिरा सारा रा रा रा जोगिरा सारा रा रा रा।

हटल जम्मू से धारा तीन सौ सत्तर हो धारा तीन सौ सत्तर।
गायब भईले आतंकी कइले मोदी छूमंतर हो कइले छूमंतर ।
जोगिरा सारा रा रा रा जोगिरा सारा रा रा रा।

केवन देश में बनल हिंदू मंदिर केवन के नेता कईले उद्धघाटन।
आबू धाबी में बनल हिंदू मंदिर भारत के नेता मोदी कईले उद्धघाटन।
जोगिरा सारा रा रा रा जोगिरा सारा रा रा रा।

केवन मठ के योगी भईले यूपी के मुख्य  मंत्री हो यूपी के मुख्य मंत्री।
केवन राज के मुख्य मंत्री भईले भारत के प्रधान मंत्री हो भारत के प्रधान मंत्री।
जोगिरा सारा रा रा रा जोगिरा सारा रा रा रा।

गोरख धाम के योगी भईले यूपी के मुख्य मंत्री हो यूपी के मुख्य मंत्री।
गुजरात राज के मुख्य मंत्री भईले भारत के प्रधान मंत्री हो भारत के प्रधान मंत्री।
जोगिरा सारा रा रा रा जोगिरा सारा रा रा रा।

गीतकार 
श्याम कुंवर भारती (राजभर) 
बोकारो, झारखंड 
मॉब.9955509286

   15
7 Comments

Reyaan

21-Feb-2024 02:01 PM

V nice

Reply

Gunjan Kamal

20-Feb-2024 03:04 PM

👌🏻👏🏻

Reply

Mohammed urooj khan

19-Feb-2024 11:34 AM

👌🏾👌🏾👌🏾👌🏾

Reply